(Translated by https://www.hiragana.jp/)
ट्रिपल सी - विकिपीडिया Jump to content

ट्रिपल सी

विकिपीडिया से

ट्रिपल सी (अंग्रेजी: CCC), पूरा नाँव कोर्स ऑन कंप्यूटर कॉन्सेप्ट्स (Course on Computer Concepts) एगो कंप्यूटर कोर्स हवे जे भारत में 'राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी इंस्टिट्यूट' (NIELIT) द्वारा चलावल जाला। ई कोर्स 2 हप्ता के होला आ आम लोगन खाती इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (IT) के जानकारी देवे खातिर डिजाइन कइल गइल हवे। एह तरीका के आम जानकारी के अलावा एकर उपयोग कंपटीशन एक्जाम सभ में भी बाटे आ कई अइसन नोकरी वाला परीक्षा बाड़ी स जिनहन में ट्रिपल सी पास होखल माँगल जाला।

कोर्स ऑफलाइन आ ऑनलाइन दुनों तरीका से उपलब्ध बाटे आ हर महीना एकर परीक्षा करावल जाला जेह में परीक्षार्थी के 90 मिनट में 100 गो सवालन के जबाब देवे के होला।

कोर्स पूरा कइला के बाद कंप्यूटर के इस्तेमाल से अपना सर्विस/बिजनेस में चिट्ठी-पतरी तइयार करे, इंटरनेट (वेब) पर जानकारी देखे, ईमेल पावे आ भेजे, आपन बिजनेस प्रेजेंटेशन तइयार करे, छोट डाटाबेस तइयार करे नियर चीजन के बेसिक मकसद पूरा करे में सक्षम हो सके ला। ई छोट बिजनेस कम्युनिटी, गृहिणी नियन लोगन के कंप्यूटर के इस्तेमाल से आपन छोट खाता बनावे में मदद करेला आ सूचना प्रौद्योगिकी के दुनिया के आनंद उठावे में सक्षम बनावे ला। एही से ई कोर्स थियरी की बजाय प्रैक्टिकल पर बेसी जोर दे के बनावल गइल हवे।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]