(Translated by https://www.hiragana.jp/)
मैतेई समुदाय - विकिपीडिया Jump to content

मैतेई समुदाय

विकिपीडिया से

मैतेई समुदाय भा मैतेई लोग, (अंग्रेजी: Meitei, /ˈmt/; ꯃꯩꯇꯩ; मेऽतेऽ) जिनहन लोग के मणिपुरी भी कहल जाला, पूर्वोत्तर भारत के मणिपुर राज्य के एगो एथनिक समुदाय हवे। ई लोग मैतेई भाषा (जेकरा ऑफिशियल रूप से मणिपुरी कहल जाला) बोले ला, जे भारत के 22 गो ऑफिशियल भाषा सभ में से एक हवे आ ईहे मणिपुर राज्य के एकलौती ऑफिशियल भाषवो ह। मैतेई समुदाय के लोग मुख्य रूप से वर्तमान मणिपुर राज्य के इंफाल घाटी इलाका में बसल बाटे हालांकि, मजिगर आबादी आसाम, त्रिपुरा, नागालैंड, मेघालयमिजोरम नियर अउरियो भारतीय राज्यन में बस चुकल बाटे। मैतेई लोगन के कुछ आबादी पड़ोसी देस म्यांमारबांग्लादेशो में बाटे। मैतेई समुदाय के लोग मणिपुर के कुल आबादी के करीबन 53% बा।

मैतेई समुदाय के लोग सरकार से अपना के अनुसूचित जनजाति घोषित करे के माँग क रहल बाटे। एह क्रम में मार्च 2023 में मणिपुर हाईकोर्ट के एगो फैसला आइल जेह में सरकार से एह लोगन के जनजाति के दर्जा देवे के माँग स्वीकार करे के बारे में कहल गइल रहल। हालाँकि, मणिपुर के अउरी दूसर जनजाति वाला लोग एह बिचार के बिरोध करे ला। एही सभ के चलते मणिपुर में मैतेई समुदाय आ कुकी जनजाति के लोगन के बीचा में हिंसा के सुरुआत भ गइल[1] जे लगातार जारी बाटे। एही दौरान एगो खबर के मोताबिक मणिपुर हाईकोर्ट अपना फैसला पर पुनर्बिचार करे के याचिका स्वीकार क लिहले बाटे।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Manipur Violence Explained : हाईकोर्ट से निकलेगा मणिपुर हिंसा का समाधान, कोर्ट के फैसले से लेकर अबतक क्या-क्या हुआ". नवभारत टाइम्स (हिंदी में). Retrieved 3 जुलाई 2023.
  2. "मणिपुर हाई कोर्ट ने मैतेई के एसटी दर्जे पर अपने आदेश में संशोधन की याचिका को स्वीकार किया- प्रेस रिव्यू". BBC News हिंदी (हिंदी में). 20 जून 2023. Retrieved 3 जुलाई 2023.