(Translated by https://www.hiragana.jp/)
हुगली नदी - विकिपीडिया Jump to content

हुगली नदी

विकिपीडिया से
हुगली
भागीरथी
नदी
नैहाटी अउरी बांदेल के बीच में हुगली नदी पर जुबिली ब्रिज
देस  भारत
राज्य पच्छिम बंगाल
प्रदेश/क्षेत्र बंगाल
सहायिका
 - बायें से दामोदर, हल्दी
 - दहिने से जलंगी, चुर्णी
शहर मुर्शिदाबाद, कोलकाता, हावड़ा
लैंडमार्क हावड़ा ब्रिज, बिद्यासागर सेतु
उदगम गंगा
मुहाना गंगासागर, बंगाल के खाड़ी

हुगली नदी या भागीरथी-हुगली नदी, गंगा नदी के एगो शाखा (डिस्ट्रिब्यूटरी) हवे जे भारत में बहे ले।[1] गंगा नदी के बांग्लादेस में प्रवेश से पहिले मुर्शिदाबाद जिला में गिरिया के लगे दू गो धारा हो जालीं सऽ आ दुसरकी धारा पदमा के नाँव से पूरुब मुँह के बहे ले आ बांग्लादेस में प्रवेश करे ले जबकि ई धारा दक्खिन मुँह के बहे ले जे शुरुआत में भागीरथी नदी के नाँव से आ आगे बढ़ के जलंगी नदी के आके एह में मिल जाये पर हुगली के नाँव से आगे बढ़े ले।

एह नदी के कुल लंबाई करीबन 260 किलोमीटर (160 मील) बा आ परंपरागत रूप से ईहे "गंगा" कहाले। ई नदी पच्छिम बंगाल (आ कुछ हिस्सा झारखंड में) के राढ़ प्रदेश से हो के बहे ले। हुगली के सभसे प्रमुख सहायक नदी दामोदर हवे जौन एह में बायें से आ के मिले ले। भारत के प्रसिद्द शहर कलकत्ताहावड़ा हुगली के किनारे बसल बाड़ें। कलकत्ता से नीचे (नदी के रास्ता में आगे) जहाँ एह में हल्दी नदी आ के. मिले ले उहाँ वर्तमान हल्दिया बंदरगाह बाटे जौन कलकत्ता बंदरगाह के भार कम करे खातिर बनल एगो आधुनिक बंदरगाह बा। अंत में हुगली नदी गंगा सागर में बंगाल के खाड़ी में गिर के समुन्द्र में मिल जाले। भूआकृतिबिज्ञान के हिसाब से एह नदी के तीन गो हिस्सा में बाँटल जाला।[2]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. हुगली नदी, ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया पर।
  2. Dhruv Sen Singh (30 December 2017). The Indian Rivers: Scientific and Socio-economic Aspects. Springer. pp. 253–. ISBN 978-981-10-2984-4.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

निर्देशांक: 21°55′N 88°05′E / 21.917°N 88.083°E / 21.917; 88.083