(Translated by https://www.hiragana.jp/)
कुतुबनुमा - विकिपीडिया Jump to content

कुतुबनुमा

विकिपीडिया से
SM7 (बातचीत | योगदान) (नया आधार लेख) के द्वारा 08:30, 30 अप्रैल 2022 के बदलाव
(अंतर) ← पुरान बदलाव | हाल के संसोधन (अंतर) | नया बदलाव → (अंतर)

कुतुबनुमा (अंग्रेजी: compass) एगो अइसन डिवाइस होला जे नेविगेशन खातिर इस्तेमाल होखे ला आ चारों दिसा के जानकारी देवे ला; एकरे अलावा ई भूगोलीय ओरिएंटेशन में कामे आवे ला। आमतौर पर एह में एगो चुंबकीय सुई होखे ले जेह पर उत्तर दिसा चिन्हित रहे ला। हालाँकि,एकरे अलावा एह में कार्ड नियर सतह भा सगरी दिसा चिन्हित करे वाला कंपास रोज भी हो सके ला। एकर उत्तर दिसंबर वाला हिस्सा चुंबकीय उत्तर दिसा के सूचित करे ला (हालाँकि पृथ्वी के चुंबकीय ध्रुव सभ के संदर्भ में देखल जाय तब टेक्निकल रूप से ऊ चुंबकीय दक्खिन होखे ला)। भूगोलीय उत्तर आ चुंबकीय उत्तर में कुछ अंतर होखे ला जेकरा के चुंबकीय अंतर भा मैग्नेटिक वैरियेशन कहल जाला।

एकर ई नाँव क़ुतुबनुमा, फ़ारसी से आइल हवे जहाँ क़ुतुब सितारा ध्रुवतारा के कहल जाला।