(Translated by https://www.hiragana.jp/)
पूड़ी - विकिपीडिया Jump to content

पूड़ी

विकिपीडिया से
पूड़ी

पूड़ी चाहे पूरी एगो भारतीय खाना हवे जेवना के आटा से तेल, बनस्पति घीव चाहे शुद्ध घीव में छान के बनावल जाला। सादी पूड़ी में आटा क लोई रोटी नियर बेल के ओ के तेल चाहे घीव में छान (तल) दिहल जाला। पूड़ी क एगो दूसर रूप कचौड़ी हवे जेवना में लोई की बिचा में उरदी की दाल की संघे मसाला भर के बनावल जाला।

सामान्य रूप से भारत की हर हिस्सा में ई बनावल आ खाइल जाला। आजकाल अधिकतर लोग ए के सब्जी-भाजी की संघे सबेरे नाश्ता में खाइल पसंद करे ला। हालांकि हमेशा से ई शादी बियाह आ कौनो तीज तिहुआर पर बनावल जाए वाला चीज हवे। तेवहार में ई हलुआ कि संघे बने ले। भोजपुरिया इलाका में पूड़ी की संघे कोहड़ा क सब्जी पण्डित जी लोगन क प्रिय भोजन मानल जाय।

ए शब्द क उत्पत्ति संस्कृत की पूरिका से मानल जाला। कचउड़ी के संस्कृत में शष्कुली भी कहल जाला। बलिया आ छपरा जिला की इलाका में एकर आकार बहुत बड़हन होला आ ई करीब एक फुट से ऊपर चौड़ाई (व्यास) वाली होले।

सामग्री आ बनावे क विधि

[संपादन करीं]

पूड़ी आटे चाहे मैदा से बनावल जाले। एकरी खातिर कड़ा आटा गूंधल (सानल) जाला आ फिर ए के हल्का सा घीव या तेल लगाके बेल के घीव या वनस्पति तेल में छान लिहल जाला। छाने में ए के खाली एक बेर उलातल जाला आ जब ई पूड़ी फूल जाले आ दुनो ओर इन्हन क रंग ललछहूँ हो जाला तब कड़ाही से निकाल लिहल जाला। पूड़ी गर्मागर्म परोसल जाला।