(Translated by https://www.hiragana.jp/)
विकिपीडिया:अनुप्रेषण - विकिपीडिया Jump to content

विकिपीडिया:अनुप्रेषण

विकिपीडिया से

अनुप्रेषण (अंगरेजी: Redirect) अइसन पन्ना होला जे पढ़े वाला बेकति के ऑटोमेटिक तरीका से कौनों दुसरे पन्ना पर भेज देला, आमतौर पर दुसरा टाइटिल वाला पन्ना पर या फिन कौनों दुसरे लेख के खंड पर पहुँचावे के कामे आवे ला। उदाहरण खातिर, अगर आप सर्च बक्सा में "यूके" टाइप करीं या कड़ी यूके पर क्लिक करीं, आप खुद-ब-खुद यूनाइटेड किंगडम लेख पर चहुँप जाइब आ लेख के टाइटिल के नीचे एक छोट नोटिस देखाई पड़ी: "(यूके से अनुप्रेषित)"। अइसन एह कारन होला काहें से कि पन्ना यूके में अइसन इस्पेशल विकिपाठ (विकिकोड) बाटे जे एकरा के एगो अनुप्रेषण पन्ना के रूप में परिभाषित करे ला आ टारगेट लेख ले पहुँचा देला। अउरी एडवांस कोड के इस्तेमाल कइल जाय तब इहो संभव बा कि कौनों लेख के कौनों खास खंड (हेडिंग) तक चहुँपावे वाला अनुप्रेषण पन्ना बनावल जा सके।

नाया अनुप्रेषण बनावल[संपादन करीं]

अनुप्रेषण पन्ना बनावे खातिर आप सीधे टाइटिल के खोज करीं आ लाल कड़ी पर क्लिक क के स्रोत संपादक में जा के नीचे दिहल कोड लिख सकत बाड़ीं: टाइप करीं, #REDIRECT [[target page name here]] जवन कि ओह पन्ना पर बस अतने पाठ भर रहे।

मान लीं की आप "यूके" के "यूनाइटेड किंगडम" पर अनुप्रेषित कइल चाहत बानी, तब "यूके" नाँव के पन्ना पर नीचे लिखल पाठ भर रही:

#REDIRECT [[यूनाइटेड किंगडम]]